Nibiya Ke Dadi Maiya Is Bhojpuri Manoj Tiwari (Devi Geet) Lyrics Sung By Manoj Tiwari Mridul . This Song Is Written By Dr. Hausla Prasa...
Ads by Eonads
Nibiya Ke Dadi Maiya Is Bhojpuri Manoj Tiwari (Devi Geet) Lyrics Sung By Manoj Tiwari Mridul. This Song Is Written By Dr. Hausla Prasad, Manoj Tiwari, Traditional, Kapil Muni Pankaj While Music Composed By Dhananjay Mishra. It’s Released By T-Series.
एल्बम: शीतला चौकियां दुअरिया (Album: Sheetala Chaukiyan Duariya)
गायक: मनोज तिवारी मृदुल (Singer: Manoj Tiwari Mridul)
गीतकार: डॉ. हौसला प्रसाद, मनोज तिवारी, पारंपरिक, कपिल मुनि पंकज (Lyrics: Dr. Hausla Prasad, Manoj Tiwari, Traditional, Kapil Muni Pankaj)
संगीतकार: धनंजय मिश्रा (Music: Dhananjay Mishra)
लेबल: टी-सीरीज (Lable: T-Series)
अरे...सोने के महलिया ऐ मैया
टूटी फूटी जइहें हो कि हरदम रहिहें ना
तोहरी पचरा के गीतिया मैया हरदम रहिहें ना
नीबिया के डाड़ी मैया मोरी
डालेली झूलनवां हो कि झूली झूली ना
नीबिया के डाड़ी मैया
डालेली झूलनवां हो कि झूली झूली ना
मैया मोरी गावेली गीतिया हो कि झूली झूली ना
मैया मोरी गावेली गीतिया हो कि झूली झूली ना
मैया मोरी गावेली गीतिया हो कि झूली झूली ना
मैया मोरी गावेली गीतिया हो कि झूली झूली ना
सूतल बाडू कि जागल हो मलिनिया
हमके बून एक ना
(संवाद: आपके जौन्हीं गीत कान में पड़ रहल बा इ कौनो साधारण गीत नइखे ए भैया। हमरा लागता जब से भोजपुरी में भोजपुरी संगीत में माइ के गीत गावे के प्रथा चलल होइत। तब से माइ के इ गीत गवात बाटे। और पता नहीं हम रहब आप रहब कोई रहे चाहे ना रहे लेकिन हमरा लागत बाटे इस गीतिया ना हेराई। एके जब गाईं एगो नयापन महसूस होईं। एगो अइसन कहानी बाटे एही गीत में जौना से बहुत कुछ सीखे के मिलेला। मैया नीम के पेड़ पर झुलुवा झूलत बिया, ओकरा पियास लाग गेल मालिन के, बगैचा में मालिन रहे जाके ओकरा से मांगत बिया पानी। देखीं कैइसन परीक्षा के घड़ी बाटे मालिन खातिर। )
सूतल बाडू कि जागल हो मलिनिया
हमके बून एक ना
मालिन पनिया पियतू हो कि बून एक ना
मालिन पनिया पियवतू हमके बून एक ना
मालिन पनिया पियवतू हमके बून एक ना
कैसे के पनिया पियायीं मोरी मैया हो
कि मोरी गोदी ना
(संवाद: मलिनिया मना कर दिहलस। कैसे पानी पियायीं। काहे के मालिन के गोद में एक छोटा सा अबोध बच्चा रहे ऐ भैया गोदी में। माताजी लोगन खातिर एगो बात जब हमन के देश में हल्ला होला कि गणेश जी दूध पिऐ लगलन त दूध लेके दौड़ जैहें देश भर के दूध खतम हो जइ। साक्षात जगत जननी भगवती आके कहत बिया हमके पानी पिया द मालिन इनकार कर दिहलस। काहे के ओकरे गोद में एक छोटा सा बच्चा रहे। माई खातिर अपन बालक सबसे बढ़के होला भैया। )
कैसे के पनिया पियायीं मोरी मैया हो
कि मोरी गोदी ना
बाटे बालक नदनवां मैया मोरी गोदी ना
बाड़े बालक नदनवां मैया मोरी गोदी ना
बाड़े बालक नदनवां मैया मोरी गोदी ना
माई कहलेस
बालक सुताव हो मालिन सोने के खटोलवा हो
कि बून एक ना
बालक सुताव हो मालिन सोने के खटोलवा हो
कि बून एक ना
जल्दी पनिया पियइतू हो मालिन बून एक ना
अरे जल्दी पनिया पियावह मालिन बून एक ना
जल्दी पनिया पियावै मालिन बून एक ना
जल्दी पनिया पियावै मालिन बून एक ना
माई का कहलस
एक हाथ लिहली मालिन सोने के घड़िलवा हो
दोसर हाथे ना
एक हाथ लिहली मालिन सोने के घड़िलवा हो
दोसर हाथे ना
लिहलिन गोदिया बलकवा हो दूसरा हाथ ना
लिहलिन गोदिया बलकवा हो दूसरा हाथ ना
(संवाद: लड़का के गोदी से उतलस नाहीं। मालिन गेलस पानी भरके माई के बुलावतिया। पिवलस पानी। जब माई पानी पी के तृप्त हो गईल तो उकरे रोम रोम से आशीर्वाद निकलल। )
जैसन हे मालिन तू हम्मे जुड़ववलू हो
कि वैसे वैसे ना
तोहर मालीया जुड़ाएं मालिन वैसे वैसे ना
तोहर पुतवा जुड़ाएं मालिन वैसे वैसे ना
(संवाद: जब माई आशीर्वाद दिहलस। जब भी हमार माताजी लोग इ गीत गावेली त हमेशा इ जरुर जोड़ दिह कि केकरा आशीर्वाद दिहें। आज हमहूं जोड़ब। )
जवनीं इ असीसिया ए मैया मालिनी के दिहलू
हो कि उहे असीसिया ना
जवनीं इ असीसिया ए मैया मालिनी के दिहलू
हो कि उहे असीसिया ना
तनिका हमरो के दिह मैया उहे असीसिया ना
तनिका भगतन के दिह ए मैया उहे असीसिया ना
( संवाद: हे माई हमरा संगे संगे विंध्याचल मैया के भगतन के, वैषणो देवी मैया के भगतन के, शीतलाधाम चौकियां माई के भगतन के, एह टी सीरीज कैसेट कंपनी के आपन आशीर्वाद देत रहब ए माई। संगे संगे हमरा धनंजयो के देब। )
जवनीं इ असीसिया ए मैया सबका के दिहलू हो
कि उहे असीसिया ना हे मैया उहे असीसिया ना
अपने भगतन के दिह ए मैया उहे असीसिया ना
तनिका हमरो के दिह ए मैया उहे असीसिया ना
तनिका हमरो के दिह ए मैया उहे असीसिया ना
तनिका हमरो के दिह ए मैया उहे असीसिया ना
No comments