Kavne Phoole Aasan Ae Maiya Is Bhojpuri Album Durga Maiya Ke Singaar Lyrics Sung By Manoj Tiwari . This Song Is Written By Manoj Tiwari W...
Ads by Eonads
Kavne Phoole Aasan Ae Maiya Is Bhojpuri Album Durga Maiya Ke Singaar Lyrics Sung By Manoj Tiwari. This Song Is Written By Manoj Tiwari While Music Composed By Dhananjay Pandey. It’s Released By T-Series.
एल्बम: दुर्गा मैया के सिंगार (Album: Durga Maiya Ke Singaar)
गायक: मनोज तिवारी (Singer: Manoj Tiwari)
गीतकार: मनोज तिवारी (Lyrics: Manoj Tiwari)
संगीतकार: धनंजय पांडेय (Music: Dhananjay Pandey)
लेबल: टी-सीरीज (Lable: T-Series)
( मालिन और माई के संवाद देवी मैया के संवाद हमन के भोजपुरी संगीत में भोजपुरी के पचार में एकर एगो अलग महत्व बाटे। देखीं कितना सुंदर सवाल माई से मालिन कहत बिया और माई ओकर का जवाब देत बा।)
कवन फूल आसन ए मैया
कवन फूलवा डासन ए मैया
कवन फूलवा डासन
कवन फूल हौवे मैया हो अभरण सिंगार
कवन फूल हौवे मैया हो अभरण सिंगार
( मालिन के सवाल सुनके माई जवाब देत बिया कि कौने फूल में माई के का होले)
अरे बेला फूल आसन ए मालिन
चंपा फूलवा डासन
ए मालिन चंपा फूलवा डासन
फूल ओड़हुलवे हौवे हो अभरण सिंगार
फूल ओड़हुलवे मालिन रे अभरण सिंगार
(कौने रुप में सिरजन करेलू कौने रुप में पालन करेलू कौने रुप में संघार करेलू ए मैया)
अरे कौने रुप सिरजन ऐ मैया कौने रुपवे पालन
ए माई कौने रुपवे पालन
कवन रुपे करेलू माई परलय संघार
कवन रुपे करेलू मैया हो परलय संघार
(माई जवाब देत बिया)
अरे धुमा रुपे सिरजन ऐ मालिन
दुर्गे रुपवे पालन ए मालिन
दुर्गे रुपवे पालन
चंडी रुपे करनी मालिन हो प्रलय संघार
चंडी रुपे करनी मालिन रे परलय संघार
(आखिर सवाल पूछत बिया ए माई कब कहां रहेलू)
अरे कवन मासे कमरु ऐ मैया कवने मासे मैहर
ए माई कवने मासे मैहर
कौने मासे बसेलू हो माई विंद्याचल पहाड़
अरे कौने मासे बसेलू माई हो विंद्याचल पहाड़
(जवाब देत बिया माई )
अरे सावन मासे कमरु ए मालिन
चैइत मासे मैहर ए मालिन
चैइत मासे मैहर
विंद्याचल में बसी ना मालिन रे चढ़ते फुहार
अरे विंद्याचल में बसी ना ए मालिन चढ़ते फुहार
विंद्याचल बसी ना मालिन रे चढ़ते फुहार
चंडी रुपे करनी मालिन रे परलय संघार
फूल ओड़हुलवे हौवे हो अभरण सिंगार
फूल ओड़हुलवे मालिन रे अभरण सिंगार
फूल ओड़हुलवे मालिन रे अभरण सिंगार
No comments